निर्वाचन आयोग प्रतिनिधि सभा सदस्य निर्वाचन, 2082 के अंतिम नतीजा सहित के प्रतिवेदन बिहीबार राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल के समक्ष पेश करी।
ओहि दिन सबेरे 11:30 बजे आयोग समानुपातिकतर्फ के 110 सांसद लोग के प्रमाणपत्र वितरण के कार्यक्रम भी तय कइले बा। प्रतिवेदन पेश भइला के तुरत बाद संविधान के धारा 76(1) के तहत नया सरकार गठन के संवैधानिक प्रक्रिया शुरू हो जाई।
एह चुनाव में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) 275 सदस्यीय प्रतिनिधि सभामे 182 सीट (प्रत्यक्षतर्फ 125 आ समानुपातिकतर्फ 57) के स्पष्ट बहुमत हासिल कइले बा।
अन्य दल में नेपाली कांग्रेस 38, एमाले 25 आ नेकपा 17 सीट पावल बा। आयोग बिहीबार साँझ 5:30 बजे पत्रकार सम्मेलन क के चुनाव के समग्र जानकारी औपचारिक रूप से जनता के दी।

