काठमांडू । राजधानी के माइतीघर–बानेश्वर इलाका में प्रदर्शन करत नेकपा एमाले के कार्यकर्ता आ पुलिस के बीच एतवार दुपहरिया में हिंसक झड़प हो गइल बा।
पूर्व प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली के गिरफ्तारी के विरोध में माइतीघर से बानेश्वर तरफ बढ़त विरोध जुलूस के पुलिस रोकल चाहलस, जेकरा बाद हालत तनावपूर्ण हो गइल।
प्रदर्शनकारी लोग निषेधित इलाका में घुसल कोशिश कइलस, आ पुलिस से धक्का-मुक्की भइल। एह दौरान आंदोलनकारी लोग के ओर से पत्थरबाजी शुरू हो गइल, जवना के जवाब में पुलिस हालात काबू में करे खातिर लाठीचार्ज कइलस।
ए झड़प में दूनो ओर से कई लोग घाइल हो गइल बा। शुरुआती जानकारी के मुताबिक एक प्रदर्शनकारी के सिर में गम्भीर चोट लागल बा, जबकि कुछ अउरी लोग हल्का घाइल भइल बा।
पुलिस भीड़ के तितर-बितर करे खातिर बल प्रयोग कइले के बाद अभी बानेश्वर इलाका में सुरक्षा बहुत कड़ा कर दिहल गइल बा।
ओने, एमाले कार्यकर्ता लोग सरकार के एह कदम के “राजनीतिक बदला” बतावत नारा लगावत बाडें, जेकरे चलते ओह इलाका में गाड़ी के आवाजाही पूरा तरह से ठप्प हो गइल बा।

