वीरगंज— एह साल के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के तहत पहिला दिन अंग्रेजी विषय के परीक्षा शांति से पूरा हो गइल बा। परीक्षा खतम होते हि परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय उत्तरपुस्तिका जाँच के काम शुरू कर देले बा।
परीक्षा नियन्त्रक टुकराज अधिकारी के अनुसार, “जहाँ परीक्षा, ओहिए परीक्षण” के अवधारणा के आधार पर देश भर के अलग-अलग केन्द्र पर कॉपी जाँच शुरू कइल गइल बा। जाँच के निष्पक्ष बनावे खातिर शिक्षक लोग आपन ही स्कूल के छात्र के कॉपी ना जाँच सकी।
हर विषय के कॉपी जाँच परीक्षा खतम भइला के तीन दिन के भीतर पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा, आ नतीजा एक महीना के अंदर प्रकाशित करे के योजना बा। एह साल देश भर में कुल ५ लाख १२ हजार ४ सौ २१ विद्यार्थी एसईई परीक्षा में शामिल हो रहल बाड़े।

