राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के सभापति रवि लामिछाने के सानो पाइला बचत आ ऋण सहकारी ठगी प्रकरण में वारेस मार्फत मामला लड़े के अदालत से अनुमति मिल गइल बा।
लामिछाने बुध के जिला अदालत पहुंच के तारिख बुझले रहस। ओहि दौरान उहाँ वारेस से मामला लड़े के अनुमति मांगलें। बिअफे के न्यायाधीश सुमनकुमार न्यौपाने के इजलास उहाँ के मांग अनुसार अनुमति दे दिहलस।
अदालत के तहसीलदार देवराज भट्टराई कहले बाडे कि तारिख बुझला के साथे लामिछाने के वारेस नियुक्त क के मामला आगे बढ़ावे के अनुमति दे दिहल गइल बा।
एह से अब लामिछाने के तारिख खातिर पर्सा जिला अदालत में व्यक्तिगत रूप से मौजूद होखे के जरूरत नइखे। उनकर खिलाफ पर्सा स्थित सानो पाइला सहकारी ठगी प्रकरण में मामला विचाराधीन बा।
लामिछाने फागुन २१ के भइल चुनाव में चितवन–२ से प्रतिनिधिसभा सदस्य चुनल गइल रहस।

