रौतहट जिला के गढिमाई नगरपालिका–7, धरमपुर–धनाडी सडक खंड के नहर वाला रास्ता पर एगो दुखद ट्रैक्टर दुर्घटना भइल।
पुलिस के अनुसार, धनाडी से धरमपुर तरफ जात NA 6 त 9683 नंबर के ट्रैक्टर अनियंत्रित होके सड़क से नीचे खेत में पलटल। ट्रैक्टर के इंजन के दबाव में आवे से चालक, गौर नगरपालिका–6, सबगढा के 28 साल के रंजीत साह, घटनास्थल पर ही मौत भइल।
जिल्ला ट्रैफिक पुलिस कार्यालय रौतहट बतावत बा कि पुलिस अभी घटना के पूरा जांच-पड़ताल कर रहल बा।

