पूर्वप्रधानमंत्री आ नेपाली कांग्रेस के निवर्तमान अध्यक्ष शेरबहादुर देउवा आ उनकर पत्नी, पूर्व परराष्ट्र मंत्री डॉ. आरजु राणा देउवा के खिलाफ संपत्ति शुद्धीकरण संबंधी मामला में गिरफ्तारी वारंट जारी भइल बा।
गृह मंत्रालय के स्रोत के अनुसार, अदालत से गिरफ्तारी वारंट ले लिहल गइल बा आ जरूरी प्रक्रिया आगे बढ़ावल जा रहल बा।
वितल भादो २४ गते बूढानीलकण्ठ स्थित देउवा के घर में आगजनी भइल रहे। ओह घटना में दंपती घायल भइल रहलें आ घर के कुछ हिस्सा जुलस गइल रहे। घटना स्थल पर पैसा भी भेटाइल रहे आ ओकर वीडियो सार्वजनिक भइल रहे।
हाल दंपती स्वास्थ्य उपचार खातिर हांगकांग में बाड़न।

