बिन्दबासिनी गाँवपालिका–२, बहुअर्वा में दलित आ विपन्न परिवार के घर भत्कावल गइला बाद ऊ लोग बेघर हो गइल, जवना से नाराज होके स्थानीय लोग वार्ड कार्यालय के घेराव कइलस।
स्थानीय बासिंदन के कहनाम बा कि गाँवपालिका नया घर बनावे के प्रक्रिया आगे बढ़ावत बा, लेकिन वार्ड कार्यालय से जरूरी सहयोग ना मिलत। एही बात से नाराज पीड़ित परिवार विरोध प्रदर्शन कइलस।
आपन समस्या के तुरन्त समाधान के माँग करत प्रभावित परिवार वार्ड कार्यालय के आगे नारा लगावत प्रदर्शन कइलस। ऊ लोग घर के पुनर्निर्माण आ राहत वितरण के प्रक्रिया जल्दी करे के माँग कइलस।
स्थानीय लोग कहत बा कि वार्ड कार्यालय के उदासीनता के चलते ऊ लोग अउरी समस्या में पड़ गइल बा। अगर जल्दी समाधान ना निकलल त ऊ लोग कड़ा आंदोलन करे के चेतावनी देले बा।
ए घटना पर वार्ड कार्यालय के आधिकारिक प्रतिक्रिया अभी तक ना आइल बा।

