वीरगंज। वीरगंज में एक प्रहरी जवान के हत्या के आरोप में एक जनानी समेत चार जने के गिरफ्तार कइल गइल बा।
वीरगंज महानगरपालिका–9 श्रीपुर क्षेत्र में स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के पीछे एक घर में एतबार के प्रहरी जवान 27 साल के विकास चौरसिया के कुटपीट करके हत्या कइल गइल, पुलिस जानकारी देले बा।
मृतक चौरसिया पर्सा के कालिकामाई गाउँपालिका–1 मुडली निवासी रहलें आ जिला प्रहरी कार्यालय सप्तरी में कार्यरत रहलें। बिदा पर घर आइल समय एतबार के साँझिया उनकर हत्या हो गइल।
प्रहरी के अनुसार हत्या में संलग्न आरोप में रौतहट माधवनारायण नगरपालिका–1 निवासी 26 साल के सन्तोष साह, उनकर पत्नी 24 साल के सोनी कुमारी साह, बारागढी नगरपालिका–7 निवासी 19 साल के विशाल साह आ भारत दिल्ली निवासी 21 साल के ओमवीर प्रजापत के गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार लोग में विशाल सन्तोष के भाई आ ओमवीर उनकर साथी बतावल जात बा।
प्रहरी जांच अनुसार मृतक विकास चौरसिया आ सन्तोष के पत्नी सोनी बीच पहिले से जान-पहचान रहल। एतबार के साँझिया चौरसिया सन्तोष आ सोनी के कोठा पर गइल रहलें, जहाँ विवाद बढ़ला के बाद कुटपीट भइल आ रड से हमला में ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें।
गंभीर रूप से घायल चौरसिया के नारायणी अस्पताल ले जाइल गइल, जहाँ डॉक्टर उनकर मृत्यु घोषित क देलें।
घटना के बाद पुलिस तुरंत चारो आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ शुरू क देले बा। पर्सा पुलिस के अनुसार पूरा मामला के विस्तृत जांच जारी बा।
प्रहरी नायब उपरीक्षक हरिबहादुर बस्नेत कहले कि विवाद काहे भइल आ कइसे भइल, एह पर अबहीं स्पष्ट जानकारी ना मिलल बा आ जांच चल रहल बा।

