संघीय मामिला आ सामान्य प्रशासन मंत्रालय स्थानीय तह के प्रशासनिक नेतृत्व मजबूत बनावे के क्रम में २३ गो उपसचिव के तबादला कइले बा। एह क्रम में बारा जिला के दू गो नगरपालिका में नया प्रमुख प्रशासकीय अधिकरी नियुक्त भइले बाड़ें।
मंत्रालय के ताजा फैसला अनुसार बारा के सिम्रौनगढ़ नगरपालिका में प्रमुख प्रशासकीय अधिकरी के रूप में नवराज अधिकारी के भेजल गइल बा। ऊ पहिले रक्षा मंत्रालय में कार्यरत रहले। लमहर समय से प्रशासनिक असमंजस झेलत सिम्रौनगढ़ अब उपसचिव स्तर के नेतृत्व पावे के बाद स्थानीय विकास आ प्रशासनिक काम में तेजी आवे के उम्मीद बा।
एहिजा, बारा के पचरौता नगरपालिका में प्रमुख प्रशासकीय अधिकरी के जिम्मेदारी श्रीधर पन्थी के देहल गइल बा। पन्थी एहसे पहिले संघीय मामिला आ सामान्य प्रशासन मंत्रालय में कार्यरत रहले।

