वीरगंज जेसीज के सप्ताह भर चलल कार्यक्रम “जेसीज सप्ताह” के तीसरा दिन नि:शुल्क स्वास्थ्य जांच कार्यक्रम सफलतापूर्वक संपन्न भइल। ई कार्यक्रम बाल सुधार गृह, वीरगंज–४ बिर्ता में आयोजित कइल गइल, जेकर अध्यक्षता वीरगंज जेसीज वर्ष २०२६ के अध्यक्ष जेसी रविन्द्र श्रेष्ठ कइलन।
कार्यक्रम में एभरेस्ट डेन्टल क्लिनिक के संचालक आ दंत चिकित्सक डा. मनोज उपाध्याय बाल सुधार गृह में रहल १०२ गो बालक के दांत के जांच कइलन। जांच के दौरान ऊ बालक लोग के जरूरी स्वास्थ्य सलाह भी दिहलन। साथे, सभे बालक के दांत साफ करे खातिर ब्रश, मंजन आदि सामग्री वितरण कइल गइल।
कार्यक्रम वीरगंज जेसीज के पूर्व अध्यक्ष आ अध्यक्ष सलाहकार जेसीआई सिनेटर गणेशमान श्रेष्ठ के मुख्य अतिथि के रूप में संपन्न भइल। ऊ कहलन कि अइसन सामाजिक जिम्मेदारी वाला कार्यक्रम बालक लोग के भविष्य उज्ज्वल बनावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला आ एह तरह के कार्यक्रम लगातार होखे के चाहीं।
एह मौका पर जेसीआई सिनेटर निशान्त कुमार लामिछाने, सन्तोष खनाल, जेसी मुकेश सिंह, आजीवन सदस्य जेसी बबिता श्रेष्ठ, बाल सुधार गृह के इन्चार्ज प्रहरी सहायक निरीक्षक रामनरेश प्रसाद कुशवाहा, प्रशासन इन्चार्ज कृष्ण साह समेत कई पदाधिकारी आ सदस्य उपस्थित रहलें।
कार्यक्रम के संयोजन वीरगंज जेसीज के उपाध्यक्ष जेसी निश्चल प्रजापति कइलन, जबकि संचालन कोषाध्यक्ष जेसी पप्पु गुप्ता कइलन। कार्यक्रम में मौजूद अतिथि लोग शुभकामना संदेश देत कार्यक्रम के सफल बतवलन।

