चाैतर्फी विवाद आ आलोचना के घेरामे फँसल गृहमंत्री सुधन गुरुङ आखिरकार अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें।
विवादित व्यवसायी दीपक भट्ट संगे व्यापारिक साझेदारी आ शेयर निवेश के मामला में जनता के ओर से गंभीर सवाल उठल, तब उ नैतिकता के आधार पर सरकार छोड़ल ठीक समझलें।
हाल के दिनन में सामने आइल तथ्य से गुरुङ आ भट्ट के बीच गहरा आर्थिक संबंध के खुलासा भइल, जवन के चलते उ पद पर बनल रहना मुश्किल हो गइल। खास करके धितोपत्र बोर्ड के जांच में ई बात सामने आइल कि भट्ट आ उनकर समूह बीमा कंपनी के अरबों रुपइया शेयर बजार में चलखेल कइले रहल, एहसे गुरुङ पर इस्तीफा देवे के दबाव अउर बढ़ गइल।
मंगर रात तक सुरक्षा निकाय के प्रमुख लोगन संग बैठक कइला के बाद आ आज प्रधानमंत्री बालेन्द्र शाह से सिंहदरबार में मुलाकात कइला के कुछ देर बादे गुरुङ अपना इस्तीफा के घोषणा कइलें।
उ कहले कि जनता के ओर से उठावल सवाल आ टिप्पणी के सम्मान करत उ पद छोड़ रहल बाड़ें।
सुशासन के नारा लेके सरकार में आइल मंत्री पर जब विवादित व्यक्ति से साँठगाँठ के आरोप लागल, त एहसे पूरा राजनीतिक माहौल में बड़ा हलचल मच गइल बा।

