स्थानीय बजार में सोना के दाम घट गइल बा। बिहफे के सोना प्रति तोला १८ सय रुपिया घटल बा।
नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ के अनुसार आज सोना के भाव प्रति तोला २ लाख ९८ हजार ७ सय रुपिया तय भइल बा। जबकि काल्हु ई ३ लाख ५०० रुपिया में कारोबार हो रहल रहे।
एही तरह चाँदी के दाम भी घटल बा। चाँदी प्रति तोला ११० रुपिया घटके ५ हजार २० रुपिया पहुँच गइल बा। अघिल्ला दिन ई ५ हजार १३० रुपिया में कारोबार हो रहल रहे।

