जापान के उत्तरी टापू होक्काइडो में सोमार के सबेरे 6.2 म्याग्निच्युड के जोरदार भूकंप आवे के बाद ओहिजा अउरी बड़ा झटका के आशंका बढ़ गइल बा, एह चलते सतर्कता बढ़ा दिहल गइल बा। हाल के दिनन में लगातार होत भूकंपीय गतिविधि के बीच ई झटका इशारा कर रहल बा कि खतरा अभी टरल नइखे।
जापानी मौसम विज्ञान एजेन्सी (JMA) के अनुसार, ई भूकंप स्थानीय समय से सबेरे 5:23 बजे होक्काइडो के दक्षिणी इलाका में केंद्रित रहल। एकर गहराई करीब 83 किलोमीटर बतावल गइल बा। पहिले एकर तीव्रता 6.1 आँकलन कइल गइल रहे, बाकिर बाद में संशोधित क के 6.2 कर दिहल गइल।
एह भूकंप के बाद सुनामी के कोई चेतावनी जारी नइखे कइल गइल, बाकिर प्रभावित इलाका में जोरदार झटका महसूस कइल गइल। अमेरिकी भूगर्भीय सर्वेक्षण के मुताबिक, केंद्र कम आबादी वाला इलाका के नजदीक रहे, एहसे बड़ा जनधन के नुकसान के संभावना कम बतावल गइल बा। हालांकि, JMA के अधिकारी लोग चेतावनी दिहले बा कि तेज झटका वाला जगहन पर चट्टान खसला आ भूस्खलन के खतरा बढ़ गइल बा।
JMA बतवले बा कि आवे वाला कुछ दिन आ हफ्ता में एही तरह के अउरी भूकंप आवे के संभावना ज्यादा बा, एह चलते स्थानीय लोगन के सतर्क रहे के सलाह दिहल गइल बा। एहसे कुछ घंटा पहिले होक्काइडो से सैकड़ों किलोमीटर दक्षिण समुद्र में 5.0 म्याग्निच्युड के एगो अउरी भूकंप दर्ज कइल गइल रहे, जे क्षेत्र में बढ़त भूकंपीय सक्रियता के संकेत दे रहल बा।
ई घटना पिछला हफ्ता उत्तरी इवाटे प्रांत में आइल 7.7 म्याग्निच्युड के भूकंप के बाद के बा। ऊ भूकंप से बहुत बड़ा नुकसान त ना भइल, बाकिर पूरा देश में डर के माहौल बन गइल रहे। ओकर असर राजधानी टोकियो तक महसूस कइल गइल, जहाँ ऊँच-ऊँच इमारतन हिल गइल आ छ लोग घायल हो गइल रहल। इवाटे में करीब 80 सेंटीमीटर तक के सुनामी लहर देखल गइल, जबकि दोसरा उत्तरी इलाका में छोट-छोट लहर टकराइल।
एह घटनाक्रम के बाद JMA पहिले ही 8.0 या ओकरा से अधिक म्याग्निच्युड के भूकंप के संभावना सामान्य से ज्यादा बतवले रहे। अब 6.2 म्याग्निच्युड वाला ई भूकंप के ओही श्रृंखला के हिस्सा मानल जा रहल बा।
जापान प्रशांत महासागर के ‘रिंग ऑफ फायर’ क्षेत्र में पड़ेला, जे दुनिया के सबसे सक्रिय भूकंपीय इलाका में से एक ह। चार गो बड़ा टेक्टोनिक प्लेट के मिलन बिंदु पर स्थित होखे के कारण, एह देश में हर साल करीब 1500 भूकंप आवेला, जे दुनिया भर के कुल भूकंप के करीब 18 प्रतिशत ह।
सन 2011 में जापान में आइल 9.0 म्याग्निच्युड के विनाशकारी भूकंप आ ओकरा बाद के सुनामी में 18,500 से अधिक लोगन के जान गइल या ऊ लोग लापता हो गइल। ओकरा बाद से जापान भूकंप से बचाव आ तैयारी पर बहुत निवेश कइले बा, बाकिर हाल के गतिविधि फेर से सतर्क रहे के संकेत दे रहल बा।

