नेपाली बजार में सोमबारो सोना आ चांदी के दाम में बढ़ोतरी देखल गइल बा।
एतबार सोना के दाम तोलामे दुई हजार सात सय रूपैयाँले बढ़ल रहे, जबकि सोमार के फेरु प्रतितोला एक हजार तीन सय रूपैयाँले बढ़ोतरी भइल बा। नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ के अनुसार, सोमार के सोना प्रतितोला तीन लाख पाँच सय रूपैयाँ में कारोबार हो रहल बा। एतबार ई दाम दुई लाख ९९ हजार दुई सय रूपैयाँ रहे।
एही तरह चांदी के दाम में भी बढ़ोतरी भइल बा। एतबार चांदी प्रतितोला चार हजार नौ सय ९५ रूपैयाँ में कारोबार भइल रहे, जबकि सोमार के बढ़के पाँच हजार ४५ रूपैयाँ प्रति तोला हो गइल बा। ई एतबार के तुलना में ५० रूपैयाँ के बढ़ोतरी ह।
अंतर्राष्ट्रीय बजार में सोमार सोना प्रतिऔंस चार हजार सात सय २२ अमेरिकी डलर में कारोबार हो रहल बा, जइसन कि महासंघ बतवले बा।

