जल तथा मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जानकारी देले बा कि आज देश के कई प्रमुख शहरन में मेघगर्जन आ बिजली चमके के साथ बरखा हो सकेला।
महाशाखा के अनुसार पोखरा, जिरी आ ताप्लेजुङ में करीब ७० प्रतिशत बरखा के संभावना बा। काठमांडू उपत्यका में लगभग ६० प्रतिशत मध्यम बरखा हो सकेला। कोसी, बागमती आ गण्डकी प्रदेश के पहाड़ी इलाका के साथे मधेस प्रदेश के कुछ जगह पर भी पानी पड़े के अनुमान बा। ऊँचाई वाला हिमाली इलाका में हिमपात हो सकेला।
मौसम विशेषज्ञ लोग बतवले बा कि २४ घंटा में १० से ५० मिलिमीटर बरखा के “मध्यम वर्षा” मानल जाला। अभी देश के अधिकतर हिस्सा में बादल छाइल बा, एह से बरखा आ बिजली गिरला के खतरा से बचाव खातिर सावधानी बरते के सलाह दिहल गइल बा।

