वीरगंज, पर्सा — नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के आयोजन में ‘पत्रकार आचार संहिता अनुशिक्षण’ से जुड़ल एक दिने कार्यक्रम सफलतापूर्वक संपन्न भइल।
कार्यक्रम में पर्सा शाखा के सह–सचिव आ कार्यक्रम संयोजक अजय चौरसिया स्वागत भाषण देत कहलन कि पत्रकारिता में आचार संहिता के पालन बहुत जरूरी बा। कार्यक्रम के अध्यक्षता शाखा अध्यक्ष ओम प्रकाश खनाल कइलन।
ए मौका पर पर्सा शाखा के पूर्व सचिव दिपेन्द्र चौहान, नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश अध्यक्ष श्याम बन्जारा, सुमन जी आ अन्य वक्ता लोग पत्रकारिता के विश्वसनीयता बनावे खातिर आचार संहिता के प्रभावी लागू करे के जरूरत पर जोर देलन।
कार्यक्रम में नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय लेखा संयोजक के. सी. लामिछाने प्रशिक्षक के रूप में शामिल होके पत्रकार आचार संहिता, ओकर व्यावहारिक इस्तेमाल आ वर्तमान चुनौती के बारे में प्रशिक्षण देलन।
कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव अशोक तिवारी कहलन कि जिम्मेदार पत्रकारिता खातिर आचार संहिता एगो मार्गदर्शक दस्तावेज ह, आ एकर पालन हर पत्रकार के कर्तव्य बा।
कार्यक्रम के संचालन पर्सा शाखा के सचिव विजय चौहान कइलन।

