वीरगञ्ज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह के निजी सचिव सत्यराज घिमिरे के पुलिस पर्सा जिला अदालत परिसर से गिरफ्तार कर लिहलस।
वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर से प्रहरी निरीक्षक नवीन थापा मगर के नेतृत्व में पहुँचल पुलिस टीम घिमिरे के अदालत परिसर से ही हिरासत में ले लिहलस।
नागरिकता लिखत से जुड़ल मामला में जांच खातिर पर्सा जिला अदालत मेयर सिंह के खिलाफ पिछला मंगल के गिरफ्तारी वारंट जारी कइले रहे। ओही मामला के कानूनी प्रक्रिया समझे खातिर मेयर के निजी सचिव घिमिरे सोमार सबेरे करीब १० बजे अदालत पहुँचले रहले, ओही समय पुलिस उनका के पकड़ के जिला प्रहरी कार्यालय ले गइल, एह बात के जानकारी मेयर सिंह के प्रेस सलाहकार नवराज फुयाँल देले।
फुयाँल कहलन कि आजु अदालत में मेयर साहेब के हाजिर होखे के बात रहे। ओही विषय के कानूनी प्रक्रिया बुझे खातिर घिमिरे अदालत गइल रहले। उहे बेला पुलिस “सोधपुछ करे के बा” कहके उनका के ले गइल।
उधर जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता आ प्रहरी नायब उपरीक्षक हरिबहादुर बस्नेत बतवलन कि मेयर के बारे में जानकारी लेवे खातिर घिमिरे के पुलिस ले आइल बा। उनका मुताबिक ई गिरफ्तारी ना, बल्कि पूछताछ खातिर लावल गइल बा।
पिछला मंगल (जेठ १२ गते) गिरफ्तारी वारंट जारी होखे के दुसरका दिन बुध के सबेरे मेयर सिंह खुदे पर्सा जिला अदालत में हाजिर भइल रहले। ओ दिन अदालत प्रशासन कक्ष में पहुँच के ऊ बतवले रहले कि मीडिया से जानकारी मिलला के बाद न्यायिक प्रक्रिया में सहयोग करे खातिर खुदे अदालत आइल बाड़ें।
हालांकि, ओ दिन मामला के संख्या जादे होखे के चलते उनका केस के सुनवाई ना हो सकल, एह जानकारी के बाद ऊ वापस लौट गइल रहले।
ओही दिन मेयर सिंह कहले रहले कि ऊ अदालत के संपर्क में बाड़ें आ सार्वजनिक छुट्टी खतम होत ही फेर से अदालत में हाजिर होइहें।
पर्सा जिला अदालत मेयर सिंह, उनका दोसरा पत्नी सिधन्धुपाल्चोक के इन्द्रावती नगरपालिका निवासी रिता भट्टराई आ वीरगञ्ज–३ के तत्कालीन स्थानीय पञ्जिकाधिकारी भिखारी राय के खिलाफ नागरिकता लिखत मामला में गिरफ्तारी वारंट जारी कइले बा।
मेयर सिंह पर आरोप बा कि ऊ रिता भट्टराई के बेटी रुविना श्रेष्ठ के आपन बेटी बना के फर्जी जन्मदर्ता के आधार पर नागरिकता बनवले, जवन लिखत संबंधी कसूर ह। जबकि मेयर सिंह दावा करत बाड़ें कि भट्टराई उनका दोसरा पत्नी बाड़ी।
सरकारी वकील कार्यालय के अनुसार, वीरगञ्ज–३ के लियाकत अली २०८० साल माघ में जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा में मेयर सिंह के खिलाफ सरकारी कागज में किर्ते आ नागरिकता किर्ते के मामला में शिकायत दर्ज करवले रहले। ओही शिकायत के आधार पर मेयर सिंह पर चार गो मामला दर्ज भइल, जवन में पर्सा जिला अदालत लिखत संबंधी कसूर में गिरफ्तारी वारंट जारी कइले बा।

