काठमांडू: पर्सा के वीरगंज में स्थित मुख्य सड़क (मेन रोड) के विस्तार के काम रोके के माँग करत स्थानीय लोग काठमांडू में प्रदर्शन कइले बाड़े।
“विकास के नाम पर विनाश ना होखे के चाहीं” कहत प्रदर्शनकारी लोग मंगल के दिन (जेठ १९) माइतीघर में विरोध जतवले आ “डोजर आतंक बंद करो” के नारा लगवले।
प्रदर्शन के दौरान लोग “सर्वोच्च अदालत वीरगंजवासी के न्याय दे”, “वीरगंज में डोजर आतंक बंद हो” जइसन नारा लगावत सरकार आ न्यायपालिका से हस्तक्षेप के माँग कइले।
वीरगंज सड़क पीड़ित संघर्ष समिति के संयोजक कुन्दन रौनियार बतवले कि कई दशक से कानूनी प्रक्रिया पूरा करके बनावल घर आ व्यापारिक संरचना के अब तोड़े के तैयारी हो रहल बा, जवन हजारों परिवार के विस्थापित कर सकेला।
उनकर कहना बा कि मुआवजा के माँग लेके सर्वोच्च अदालत में रिट दायर कइले के लंबा समय बीत गइल, लेकिन अब तक सुनवाई ना भइल बा। ऊ जोर देत कहले कि वीरगंज के मेन रोड के “शहरी मार्ग” के रूप में ही कायम राखल जाए।

