वीरगंज: लिखत आ नागरिकता सम्बन्धी कसूर के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह अदालत के आदेश के बाद धरौटी पर रिहा हो गइले बाड़े।
मंगल के सबेरे ठोरी गाउँपालिका इलाका से पुलिस द्वारा हिरासत में लिहल गइल सिंह के जरूरी कानूनी प्रक्रिया पूरा क के जिला अदालत पर्सा में पेश कइल गइल रहे। उनकर खिलाफ लिखत सम्बन्धी कसूर आ झूठ जानकारी देके नागरिकता हासिल करे के आरोप में मुद्दा दर्ज बा।
अदालत में पेशी के बाद भइल थुनछेक बहस के पश्चात अदालत सिंह के धरौटी पर रिहा करे के आदेश देले। अदालत लिखत सम्बन्धी कसूर खातिर ४ लाख रुपया आ नागरिकता सम्बन्धी आरोप खातिर १५ हजार रुपया, कुल मिलाके ४ लाख १५ हजार रुपया धरौटी तय कइलस।
एहसे पहिले अदालत से गिरफ्तारी वारंट जारी होखला के बाद सिंह कुछ समय खातिर सम्पर्क से बाहर रहलन। बाद में पुलिस के टीम ठोरी इलाका से उनकर गिरफ्तारी कइलस।
मेयर सिंह के गिरफ्तारी आ अदालत में पेशी के बाद वीरगंज के राजनीतिक आ सामाजिक माहौल में ई मामला खूब चर्चा में रहल। अब अदालत के आदेश पर रिहा भइला के बाद उनका समर्थक लोग उनका के स्वागत कइलस।

