मधेश केंद्रित समेत सात गो राजनीतिक दल शनिचर के दिन ‘अग्रगामी मोर्चा’ के घोषणा कइले बाड़ें। काठमाडौँ के थापागाउँ में स्थित काठमाडौँ बैंक्वेट में आयोजित कार्यक्रम में सभे सातो दल मिलके संयुक्त रूप से एह मोर्चा के ऐलान कइले।
एह मोर्चा में जनता समाजवादी पार्टी नेपाल, नागरिक उन्मुक्ति पार्टी नेपाल, जनमत पार्टी, नेपाल संघीय समाजवादी पार्टी, आम जनता पार्टी, प्रजातांत्रिक लोकतांत्रिक पार्टी आ बहुजन एकता पार्टी नेपाल शामिल बाड़ी स।
मोर्चा घोषणा कार्यक्रम में शामिल नेता लोग बतवलें कि देश के मौजूदा राजनीतिक आ सामाजिक हालत के ध्यान में रखत साझा मुद्दा पर मिलजुल के काम करे खातिर ई मोर्चा बनावल गइल बा।
मोर्चा के ओर से कहल गइल बा कि जनता के अधिकार, संघीय व्यवस्था, सुशासन आ सामाजिक न्याय जइसन मुद्दा के प्राथमिकता देत आगे के राजनीतिक गतिविधि बढ़ावल जाई।
नेता लोग इहो बतवलें कि सातो दल के बीच सहयोग के अउरी मजबूत बनावत साझा राजनीतिक एजेन्डा के आधार पर आगे बढ़ल जाई।

