वीरगञ्ज । पर्सा प्रहरीले अवैध वित्तीय कारोबार (हुण्डी) के आशंका में स्रोत ना खुलल नेपाली नगद ५२ लाख ५० हजार रुपइया समेत चार लोग के नियन्त्रण में लेले बा। सोमार के साँझिया वीरगञ्ज महानगरपालिका–१० स्थित आदर्शनगर से ऊ लोग के गिरफ्तार कइल गइल प्रहरी बतवले बा।
दू गो मोटरसाइकल पर सवार होके आवत ऊ लोग के प्रहरी टोली शंकास्पद अवस्था में रोक के खानतलासी लेले रहे। खानतलासी के दौरान ५२ लाख ५० हजार रुपइया नगद बरामद भइल, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्साका प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) पवन भट्टराई जानकारी देले।
गिरफ्तार होखे वाला में भारत के सीतामढी निवासी २६ वर्षीय सुरज कर्ण, बारा के प्रसौनी गाउँपालिका–१ निवासी ३२ वर्षीय उपेन्द्र साह आ २६ वर्षीय सागरकुमार सर्राफ तथा पर्सा के विन्दबासिनी गाउँपालिका–१ झौवागुठी निवासी २५ वर्षीय राहुलकुमार गुप्ता रहल बाड़ें।
प्रहरी के अनुसार, सुरज कर्ण के साथ से १ लाख रुपइया, उपेन्द्र साह के साथ से १८ लाख १६ हजार, सागरकुमार सर्राफ के साथ से १८ लाख ३४ हजार आ राहुलकुमार गुप्ता के साथ से १६ लाख रुपइया बरामद भइल बा। बरामद रकम में पाँच सय आ एक हजार दर के नोट रहल बा।
रकम ओसारपसार में इस्तेमाल कइल गइल प्रदेश २–०३–००३ प ७२१५ नम्बर के सुपर स्प्लेन्डर आ ना ५७ प ५१८२ नम्बर के एफजेड मोटरसाइकल समेत प्रहरीले नियन्त्रण में लेले बा।
बरामद रकम के स्रोत खुलावे में असफल भइला के बाद गिरफ्तार चारों लोग के खिलाफ सम्पत्ति शुद्धीकरण वा हुण्डी कारोबार अन्तर्गत थप अनुसन्धान प्रक्रिया आगे बढ़ावल गइल पर्सा प्रहरीले जनवले बा।

