काठमाडौं । नेपाल मेडिकल काउन्सिल के अध्यक्ष पद पर प्राध्यापक डाक्टर ढुण्डीराज पौडेल के नियुक्ति भइल बा।
नवनियुक्त अध्यक्ष पौडेल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री निशा मेहतासमक्ष पद आ गोपनीयता के शपथ लिहले बानी। वरिष्ठ नाक, कान आ घाँटी विशेषज्ञ डा. पौडेल फिलहाल नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज, कोहलपुर में विभाग प्रमुख आ प्राध्यापक के रूप में कार्यरत बानी। एहसे पहिले ऊ वीर, भेरी, भरतपुर आ दाङ अस्पताल में अलग-अलग जिम्मेवारी निभा चुकल बानी।
त्रिभुवन विश्वविद्यालय के चिकित्सा शास्त्र अध्ययन संस्थान से एमबीबीएस आ एमएस (गोल्ड मेडलिस्ट) के उपाधि हासिल कइले डा. पौडेल एहसे पहिले नेपाल मेडिकल काउन्सिल के नैतिकता आ परीक्षा समिति के कार्यकारी सदस्य आ समन्वयकर्ता के रूप में भी सफलतापूर्वक जिम्मेवारी निभा चुकल बानी।

