वीरगञ्ज में गरिमा चौधरी के न्याय दिलावे खातिर आ बेटी चौधरी के पक्ष में सालिम विद्यालय के विद्यार्थी लोग जुलुस निकाल के प्रदर्शन कइले।
विद्यार्थी लोग वीरगञ्ज के माइस्थान चौक से जुलुस निकाल के नारा लगावत सीडीओ कार्यालय तक पहुँचले आ प्रदर्शन कइले। एह दौरान ऊ लोग गरिमा चौधरी के न्याय दिलावे आ बेटी चौधरी के पक्ष में संबंधित निकाय के ध्यानाकर्षण करवलस।
प्रदर्शन के दौरान विद्यार्थी लोग न्याय के मांग करत निष्पक्ष छानबीन करे आ जरूरी कदम उठावे खातिर प्रशासन से आग्रह कइले।

