काठमाण्डू । विराटनगर के सीमावर्ती इलाका से पुलिस अस्पताल के बिरामी ढोवे वाला भ्यान में रख के तस्करी करे खातिर ले जाइल जा रहल ६० किलो गाँजा बरामद कइले बा।
विराटनगर महानगरपालिका–१६ के दरैया कोलर चोक में सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल बीओपी दरैया से खटल सुरक्षा टोली मंगल के राति ११ बजे के आसपास ई परिमाण के गाँजा बरामद कइले रहे।
सशस्त्र प्रहरी के अनुसार, ‘दिव्य ज्योति अस्पताल प्रा. लि.’ लिखल को१च ६६२० नम्बर के सुजुकी भ्यान पर शंका लागला के बाद सुरक्षाकर्मी रोकल चाहत रहलें। बाकिर चेकजाँच करे खोजला पर भ्यान के चालक गाड़ी सड़क परे छोड़ के अन्हार के फायदा उठावत फरार हो गइल।
चालक फरार भइला के बाद सुरक्षा टोली भ्यान के तलाशी लिहलस, जवना में दू गो बोरा में प्लास्टिक से पैक कइल अवस्था में करीब ६० किलोग्राम गाँजा मिलल।
प्रहरी के प्रारम्भिक अनुमान अनुसार, अस्पताल के नाम आ लोगो के इस्तेमाल क के सुरक्षाकर्मी के आँख में धूर झोंक के भारत दिसा गाँजा तस्करी करे के कोशिश कइल गइल रहे।
बरामद भ्यान आ ६० किलो गाँजा के थप अनुसन्धान आ कानुनी कारबाही खातिर नेपाल प्रहरी के जिम्मा लगावे के तयारी भइरहल सशस्त्र प्रहरीले जनवले बा। फरार चालक के खोजी कार्य तेज पारल गइल बा।

