काठमांडू । रसुवा के भोटेकोशी नदी में आइल बाढ़ में अबले ११ सय १४ लोग के मौत के पुष्टि भइल बा।
गृह मंत्रालय के अधीन राष्ट्रिय विपद् जोखिम न्यूनीकरण तथा व्यवस्थापन प्राधिकरण के आजु बिहान ९ बजे ले के अपडेट के मुताबिक, सभसे अधिक चितवन में ३४८, नवलपरासी पूर्व में २१७, नवलपरासी पश्चिम में १९० आ नुवाकोट में १५५ लोग के शव मिलल बा।
एही तरह तनहुँ में ३८, धादिङ में ५९, गोरखा में ६६ आ रसुवा में ४१ लोग के शव बरामद भइल बा। मिलल शव में अबले खाली ९५ लोग के पहचान हो पवले बा आ ओकरा के परिवार के जिम्मे लगा दिहल गइल बा।
अभी ले ३ हजार ९ सय १६ लोग लापता बतावल जा रहल बाड़ें। लापता लोग में सरकारी कर्मचारी, सुरक्षाकर्मी, जनप्रतिनिधि, विदेशी नागरिक, स्थानीय बासिन्दा आ जलविद्युत आयोजना में काम करे वाला मजदूर शामिल बाड़ें।
अबले ११ हजार ९ सय ९३ लोग के सफलतापूर्वक उद्धार कइल गइल बा। नेपाली सेना के हवाई उडान से खाली ४०९१ नेपाली आ २७३ विदेशी नागरिक के उद्धार कइल गइल बा। घायिल २१२ लोग में से १८२ लोग अस्पताल से डिस्चार्ज हो चुकल बाड़ें।
उद्धार आ सुरक्षा खातिर कुल २१ हजार ३१४ सुरक्षाकर्मी के तैनात कइल गइल बा। एह में ९१९९ नेपाली सेना, ७९१२ नेपाल प्रहरी आ ४२०३ सशस्त्र प्रहरी बल के जवान शामिल बाड़ें।
प्रभावित इलाका के ३४५३ लोग के होल्डिङ सेन्टर में रखल गइल बा। सभसे अधिक नुवाकोट में २४६६ लोग होल्डिङ सेन्टर में रहत बाड़ें।
संघीय सरकार रसुवा आ नुवाकोट के १–१ करोड़ रुपइया आ धादिङ के ५० लाख रुपइया उपलब्ध करवलस। बाकी प्रभावित १५ पालिका खातिर ६ करोड़ ७५ लाख रुपइया निकासा कइल गइल बा।

