वीरगञ्ज । बाराके कलैया उपमहानगरपालिका–१२ शीतलपुर में बाँस से गिर के गंभीर रूप से घायल १५ बरिस के किशोरी के इलाज के दौरान मौत हो गइल बा।
मृत्यु होखे वाली किशोरी शीतलपुर निवासी राजेन्द्र मण्डल के १५ बरिस के बेटी अञ्जली कुमारी रहली।
प्रहरी के अनुसार, अञ्जली भादो १५ गते तिजहरिया करीब ४ बजे गाई-बस्तु खातिर बाँस के पत्ता काटे गइल रहली। ओही दौरान ऊ बाँस से नीचे गिर गइली। गंभीर रूप से घायल अञ्जली के तुरन्त इलाज खातिर प्रादेशिक अस्पताल कलैया ले जाइल गइल।
कलैया में इलाज के दौरान उनकर अवस्था गंभीर देखला के बाद थप उपचार खातिर ओही दिन राति करीब ८ बजके १० मिनेट में वीरगञ्ज स्थित नारायणी मेडिकल कलेज (एनएमसी) ले जाइल गइल। बाकिर अस्पताल पहुँचला के बाद चिकित्सक जाँच क के उनकर मृत्यु हो चुकल घोषणा कइलें।
घटना के जानकारी मिलला के बाद प्रहरी चौकी मटिअर्वा से प्रहरी टोली घटनास्थल आ अस्पताल पहुँच गइल। प्रहरीले घटना के आवश्यक अनुसन्धान आ कानुनी प्रक्रिया आगे बढ़वले के जनवले बा।
मृतक अञ्जली के शव भादो १६ गते आवश्यक मुचुल्का तैयार क के पोस्टमार्टम खातिर वीरगञ्ज स्थित नारायणी अस्पताल भेजल गइल। पोस्टमार्टम पूरा भइला के बाद ओही दिन दुपहर करीब १२ बजके २५ मिनेट में मृतक के भैया राजाबाबु मण्डल शव बुझ के ले गइलें।
घटना के बारे में थप अनुसन्धान जारी रहल प्रहरी जनवले बा।

