काठमाण्डू । नेकपा (एमाले) के अध्यक्ष आ पूर्वप्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली संविधान के पक्षधर शक्तिसभ के एकजुट होके संविधान के रक्षा करे आ राष्ट्रीय एकता के मजबूत बनावे पर जोर देले बाड़न।
संविधान दिवस के अवसर पर देश-विदेश में रहल सभ नेपाली दिदीबहिनी आ भाइ लोग के शुभकामना सन्देश जारी करत अध्यक्ष ओली कहलन कि देश के सही दिशा में आगे बढ़ावे आ बचावे खातिर संविधानप्रति प्रतिबद्ध शक्तिसभ के एकजुट होखल जरूरी बा।
लोकतान्त्रिक, वामपन्थी, देशभक्तिपूर्ण आ अलग-अलग वर्ग, क्षेत्र तथा समुदाय के आन्दोलन के दौरान शहादत देवे वाला ज्ञात-अज्ञात शहीदसभ के श्रद्धाञ्जली अर्पण करत ऊ कहलन कि संविधान जारी भइला के तुरन्त बाद देश जे अमानवीय नाकाबन्दी जइसन कठिन परिस्थिति के सामना कइलस, ओहसे संविधान के रक्षा आ राष्ट्रीय एकता खातिर अउरी प्रेरणा मिलल।
संविधान निर्माण के कठिन घड़ीसभ के सामना करत अपना नेतृत्व में रहल तत्कालीन सरकार के छोट समय में जरूरी कानून बनावे आ संरचनात्मक विकास करे के माध्यम से संविधान के पूर्ण कार्यान्वयन के चरण में पहुँचा देवे के दाबी भी अध्यक्ष ओली कइले बाड़न।

