निर्वाचन आयोग अगिला फागुन के आखिरी हप्ता तक स्थानीय तह के निर्वाचन पूरा करे खातिर जरूरी तैयारी आगे बढ़वले बा।
निर्वाचन आयोग के आयुक्त राजीव सुब्बा के अनुसार, स्थानीय तह निर्वाचन ऐन, २०७३ के परिच्छेद–२ में रहल कानुनी व्यवस्था के मुताबिक गाउँ सभा भा नगर सभा के सदस्यन के निर्वाचन ओहनी के कार्यकाल खतम होखे से कम से कम दू महीना पहिले पूरा कर लेवे के प्रावधान बा।
एही कानुनी भावना के ध्यान में राखत आयोग मतदाता नामावली अद्यावधिक करे के काम में तेजी ले आइल बा। साथै, अगिला निर्वाचन प्रक्रिया खातिर सरकार से जरूरी समन्वय करे के तैयारी भी करत बा।

