गुरुद्वारा गुरुनानक सत्संग समिति पर्सा सोमार के रसुवा समेत अलग-अलग जिला में भादो १० गते आइल विनाशकारी बाढ़ से प्रभावित परिवारन के राहत आ पुनःस्थापना खातिर २ लाख ५१ हजार रुपइया आर्थिक सहयोग कइले बा।
समिति के ओर से ई रकम प्रधानमन्त्री दैवी प्रकोप राहत कोष में जमा करवावल गइल बा। बाढ से प्रभावित नागरिकन के राहत आ पुनःस्थापना में सहयोग पहुँचावे के उद्देश्य से समिति ई रकम प्रदान कइल बतवले बा।
समिति के पदाधिकारी लोग सोमार के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा पहुँच के प्रमुख जिल्ला अधिकारी भोला दाहाल के २ लाख ५१ हजार रुपइया जमा कइल गइल बैंक भौचर हस्तान्तरण कइले।
समिति के उपाध्यक्ष अजित सिंह, सचिव रञ्जित सिंह आ सदस्य जसप्रीत सिंह (‘ज्याक’) संयुक्त रूप से प्रमुख जिल्ला अधिकारी दाहाल के भौचर हस्तान्तरण कइले।
समिति के पर्सा अध्यक्ष रमिन्द्र कौर कहलखिन कि प्राकृतिक विपत्ति से प्रभावित नागरिकन के राहत आ पुनःस्थापना खातिर सामाजिक संस्था सभ के अपना-अपना क्षेत्र से सहयोग करे के चाहीं।
सदस्य जसप्रीत सिंह बतवले कि पर्सा के शिख समुदाय पहिले भी अलग-अलग विपत्ति के समय मानवीय आ आर्थिक सहयोग करत आइल बा। ऊ कहलन कि आगे भी अइसन सामाजिक काम के निरन्तरता दिहल जाई।

