• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

बिरगन्ज स्कुल्स कप २०८३ के कप्तान मिट सफलतापूर्वक सम्पन्न

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
October 3, 2026
A A
बिरगन्ज स्कुल्स कप २०८३ के कप्तान मिट सफलतापूर्वक सम्पन्न
2
SHARES
10
VIEWS
Share on FacebookShare on Twitter

वीरगन्ज, पर्सा। विद्यालय स्तर पर क्रिकेट के विकास, विद्यार्थी प्रतिभा के पहचान आ भविष्य के खेलाड़ी तैयार करे के उद्देश्य से आयोजित होखे वाला बिरगन्ज स्कुल्स कप २०८३ के कप्तान मिट कार्यक्रम आज सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल बा।
कार्यक्रम में प्रतियोगिता में सहभागी १६ गो विद्यालय के प्रिन्सिपल, कोच आ टीम कप्तान सभे के साथे पर्सा जिला क्रिकेट संघ के आधिकारिक अम्पायर लोग के सहभागिता रहल।
आयोजक के ओर से श्री लालबहादुर गुरुङ स्वागत मन्तव्य देत प्रतियोगिता के उद्देश्य, महत्व, सञ्चालन प्रक्रिया आ तारीख के बारे में विस्तार से जानकारी देहलन।
एहिसे, अम्पायर लोग के ओर से श्री सतीश सिंह राजपूत, फिरोज अन्सारी आ फारुक अन्सारी प्रतियोगिता के लिग कम नकआउट फर्म्याट, खेल के नियम आ विनियम, सम्भावित समस्या आ ओकर समाधान के बारे में जानकारी देहलन। साथही सहभागी कप्तान आ कोच लोग के जिज्ञासा के समाधान भी कइल गइल।
पर्सा जिला क्रिकेट संघ के आधिकारिक अम्पायर लोग में सतीश सिंह राजपूत, निरज झा, फिरोज अन्सारी, मैनुद्दिन अन्सारी, अमन आलम आ फारुक अन्सारी सहभागी रहलन।
कार्यक्रम के सञ्चालन विद्यालय में कक्षा १० में पढ़े वाला छात्र आयान अन्सारी कइलन। कार्यक्रम के पूरा व्यवस्थापन में विद्यालय के विद्यार्थी लोग भी सक्रिय भूमिका निभवलें।
कार्यक्रम के अन्त में आयोजक विद्यालय न्यू वेभ मा. वि. के प्र.अ. श्री सुभास प्रधान सर सहभागी सभे विद्यालय के प्रतिनिधि, अम्पायर, कोच, कप्तान आ विद्यार्थी लोग के धन्यवाद देत धन्यवाद ज्ञापन कइलें।
राष्ट्रिय आ अन्तर्राष्ट्रिय स्तर के खेलाड़ी तैयार करे के लक्ष्य
आगामी कार्तिक ९ गते से नारायणी क्रिकेट ग्राउन्ड (टि. बि. शाह क्रिकेट ग्राउन्ड) में सञ्चालन होखे वाला ई प्रतियोगिता क्रिकेट में रुचि रखे वाला आ नियमित अभ्यास करत विद्यार्थी लोग के आपन प्रतिभा देखावे के एगो उचित मंच उपलब्ध कराई।
एह प्रतियोगिता के दीर्घकालीन उद्देश्य वीरगन्ज आ पर्सा क्षेत्र के प्रतिभाशाली खेलाड़ी लोग के पहचान क के ओहनी के जरूरी अवसर आ प्रोत्साहन उपलब्ध करावल बा। साथही भविष्य में राष्ट्रिय टोली में जगह बनावे आ अन्तर्राष्ट्रिय स्तर पर नेपाल के प्रतिनिधित्व करे लायक खेलाड़ी तैयार कइल भी एकर प्रमुख लक्ष्य बा।
एह प्रतियोगिता से विद्यार्थी लोग में अनुशासन, नेतृत्व क्षमता, टीमवर्क आ स्वस्थ प्रतिस्पर्धा के भावना के विकास होखे के अपेक्षा कइल गइल बा।
सम्पूर्ण सहभागी विद्यालय, पर्सा जिला क्रिकेट संघ के अम्पायर लोग आ व्यवस्थापन में सक्रिय विद्यार्थी लोग के सहयोग से कप्तान मिट सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल। आयोजक पक्ष प्रतियोगिता के निष्पक्ष, अनुशासित आ व्यवस्थित रूप से सम्पन्न करे खातिर सभे पक्ष से निरन्तर सहयोग आ सहकार्य के अपेक्षा कइले बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............