• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

नेपाली कांग्रेस के १५वाँ महाधिवेशन आज से शुरू

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
१८ अशोज, २०८३
A A
नेपाली कांग्रेस के १५वाँ महाधिवेशन आज से शुरू
  • Facebook
    0
  • Messenger
  • Whatsapp
  • Twitter

नेपाली कांग्रेस के १५वाँ राष्ट्रीय महाधिवेशन आज से काठमाडौं के खुलामंच में शुरू होत बा। असोज २२ गते तक चले वाला एह महाधिवेशन में देश के अलग-अलग जिला आ विदेश में रहल जनसम्पर्क समिति से सात हजार से अधिक प्रतिनिधि सहभागी होखे वाला बाड़ें।
महाधिवेशन में शामिल होखे खातिर देश के विभिन्न जगह से प्रतिनिधि आ शुभेच्छुक लोग के काठमाडौं आवे के क्रम बढ़ गइल बा। एह चलते राजधानी के यातायात व्यवस्था के भी प्राथमिकता में राखल गइल बा। संभावित सवारी चाप के ध्यान में राखत ट्राफिक प्रहरी के समन्वय से विशेष पार्किङ के व्यवस्था कइल गइल बा।
महाधिवेशन यातायात व्यवस्थापन समिति के संयोजक विजयबहादुर स्वाँर के मुताबिक प्रतिनिधि आ सहभागी लोग के सवारीसाधन खातिर धरहरा के अन्डरग्राउन्ड, माइतीघर से भद्रकाली तक के वान–वे सड़क के एक तरफ के हिस्सा आ दरबारमार्ग स्थित अन्नपूर्ण होटल परिसर के मुख्य पार्किङ स्थल बनावल गइल बा।
एही तरह पुरान बसपार्क क्षेत्र आ भृकुटीमण्डप परिसर में भी सवारीसाधन पार्किङ के व्यवस्था करे के विषय में ट्राफिक प्रहरी से समन्वय हो रहल बा।
महाधिवेशन के दौरान प्रतिनिधि, शुभेच्छुक आ आम नागरिकन के आवागमन सहज बनावे खातिर यातायात व्यवस्थापन पर विशेष ध्यान दिहल गइल बा। संभावित भीड़ आ सवारी चाप के व्यवस्थित करत काठमाडौं उपत्यका के यातायात के सहज बनावे के तैयारी कइल गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............