वीरगञ्ज । हिन्दू धर्मावलम्बियन के महान पर्व सोहरैया आ छठ के अवसर पर वीरगञ्ज महानगरपालिका आ ग्रीनसिटी सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र आदर्शनगर के संयुक्त आयोजन में दीपावली के दिने वीरगञ्ज के आदर्शनगर चौक पर विशेष मेला लगावल जाई।
पर्व-त्योहार के अवसर पर नगरवासी आ बाहर से आवे वाला लोग के मनोरञ्जन देवे के साथे नेपाली संस्कृति, परम्परा आ सामाजिक सद्भाव के संरक्षण आ प्रवर्द्धन करे के उद्देश्य से ई मेला आयोजित करे के तैयारी कइल जा रहल बा।
मेला के सभ्य, भव्य, व्यवस्थित आ सुरक्षित तरीका से सम्पन्न करे के तैयारी के सिलसिला में ग्रीनसिटी सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र आदर्शनगर के अध्यक्ष जयप्रकाश खेतान के अध्यक्षता में विशेष बैठक कइल गइल। बैठक में मेला के व्यवस्थापन, सुरक्षा, ट्राफिक नियन्त्रण, सरसफाइ आ आवे वाला दर्शकन के सुविधा समेत कई गो विषय पर विस्तार से विचार-विमर्श कइल गइल।
एही क्रम में वीरगञ्ज महानगरपालिका, ग्रीनसिटी सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र आदर्शनगर, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक (डीएसपी) राजु कार्की, जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक दीपेन्द्र श्रेष्ठ आ वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक विक्रम सुवेदी समेत के संयुक्त टोली मेला लागे वाला जगह के स्थलगत निरीक्षण कइलस।
निरीक्षण के दौरान मेला में आवे वाला आम लोग के आवागमन सहज बनावे, सम्भावित भीड़ के व्यवस्थापन करे, सुरक्षा व्यवस्था मजबूत बनावे आ ट्राफिक व्यवस्थापन प्रभावकारी बनावे खातिर जरूरी तैयारी पर चर्चा कइल गइल।
सोहरैयस आ छठ के अवसर पर आयोजित होखे वाला एह मेला के आकर्षक बनावे खातिर आदर्शनगर चौक के रंग-बिरंग के झिलमिल बत्ती से सजावे के तैयारी कइल जा रहल बा। मेला में तरह-तरह के स्वादिष्ट पकवान के फुड स्टल, आकर्षक सेल्फी पोइन्ट आ नेपाली संस्कृति आ परम्परा के पहचान झलके वाला झुलुवा (झूला) समेत कई गो मनोरञ्जनात्मक आकर्षण राखल जाई।
ओहिजा मेला देखे आवे वाला लइका, युवा, परिवार आ अन्य आगन्तुकन खातिर सहज आ सुरक्षित माहौल उपलब्ध करावे के उद्देश्य से जरूरी व्यवस्था मिलावल जाई।
मेला के तैयारी आ व्यवस्थापन के अउरी प्रभावकारी बनावे खातिर ग्रीनसिटी सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र के प्राङ्गण में बड़हन बैठक भी कइल गइल। बैठक में मेला के दौरान शान्ति-सुरक्षा कायम राखे, भीड़भाड़ पर नियन्त्रण करे आ कवनो अप्रिय घटना होखे ना देवे खातिर सम्बन्धित निकाय के बीच आपसी समन्वय से काम करे पर जोर दिहल गइल।
वीरगञ्ज के आदर्शनगर चौक पर आयोजित होखे जा रहल एह विशेष मेला से सोहरैया आ छठ के उत्सव अउरी उल्लासमय बने के साथे शहर के सांस्कृतिक आ सामाजिक पहचान के भी बढ़ावा मिले के उम्मीद कइल जा रहल बा।

