वीरगञ्ज । अक्षरारम्भ कप २०८३ के पाँचवाँ दिन आज भइल तीनों खेल में पीस जोन, जीएचपी सेकेन्डरी स्कूल आ ओम नेशनल जीत हासिल कइले बा। आज के खेल के साथे समूह ‘ए’ आ समूह ‘बी’ से क्वार्टरफाइनल में पहुँचे वाला चारो विद्यालय के फैसला हो गइल बा।
आज के पहिला खेल यानी मैच नम्बर ११ में मिनील्याण्ड आ पीस जोन के बीच मुकाबला भइल। एह खेल में पीस जोन, मिनील्याण्ड के ४१ रन से हरावत शानदार जीत दर्ज कइलस। पीस जोन के खिलाड़ी धवल प्रसाद २३ रन बनावे के साथे एक विकेट भी हासिल कइले। एह प्रदर्शन के आधार पर उनका खेल के उत्कृष्ट खिलाड़ी घोषित कइल गइल। एह जीत के साथे पीस जोन समूह ‘ए’ के उपविजेता बनके क्वार्टरफाइनल में आपन जगह पक्का कर लिहलस।
ओही तरेह, आज भइल दूसरा खेल यानी मैच नम्बर १२ में कादम्बरी आ जीएचपी सेकेन्डरी स्कूल के बीच मुकाबला भइल। एह खेल में जीएचपी, कादम्बरी के ३६ रन से हरावत जीत दर्ज कइलस। जीएचपी के कृष्ण यादव पाँच विकेट लेवे में सफल रहलें, जवना खातिर उनका खेल के उत्कृष्ट खिलाड़ी के खिताब दिहल गइल।
आज के तीसरा खेल यानी मैच नम्बर १३ में ज्ञानोदय आ ओम नेशनल के बीच मुकाबला भइल। एह खेल में ओम नेशनल, ज्ञानोदय के ६ विकेट से हरावत शानदार जीत हासिल कइलस। ओम नेशनल के वाहिद खान २७ रन बनाके अपना टीम के जीत में महत्वपूर्ण योगदान दिहलें। एह प्रदर्शन खातिर उनका खेल के उत्कृष्ट खिलाड़ी घोषित कइल गइल।
आज भइल खेलन के नतीजा के मुताबिक समूह ‘ए’ से विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय समूह विजेता आ पीस जोन उपविजेता बनल बा। ओही तरह समूह ‘बी’ से जीएचपी सेकेन्डरी स्कूल समूह विजेता आ सनलाइट सेकेन्डरी स्कूल उपविजेता बने में सफल भइल बा। एह तरह ई चारो विद्यालय क्वार्टरफाइनल में आपन जगह सुरक्षित कर लेले बाड़ें।
कार्तिक २१ गते होई क्वार्टरफाइनल के मुकाबला
प्रतियोगिता के क्वार्टरफाइनल चरण के खेल एह कार्तिक २१ गते आयोजित होई। खेल तालिका के मुताबिक पहिला क्वार्टरफाइनल में समूह ‘ए’ के विजेता के मुकाबला समूह ‘बी’ के उपविजेता से सबेरे ९ बजे होई। ओही तरह दूसरा क्वार्टरफाइनल में समूह ‘बी’ के विजेता आ समूह ‘ए’ के उपविजेता के बीच दुपहरिया १२:३० बजे मुकाबला होई।
काल्ह होई लीग चरण के आखिरी तीन खेल
एह बीच, प्रतियोगिता के लीग चरण के आखिरी तीन खेल काल्ह कार्तिक २० गते आयोजित होई।
काल्ह के खेल तालिका के मुताबिक पहिला खेल सबेरे ७ बजे जीवनज्योति सेकेन्डरी स्कूल आ लिटिल एन्जल्स सेकेन्डरी स्कूल के बीच होई। दूसरा खेल सबेरे १० बजे न्यू वेभ एकेडेमी आ माउन्ट मकालु सेकेन्डरी स्कूल के बीच होई। तीसरा आ आखिरी लीग खेल दुपहरिया १ बजे सूर्योदय सेकेन्डरी स्कूल आ मनकामना सेकेन्डरी स्कूल के बीच खेलल जाई।
काल्ह के खेल के साथे प्रतियोगिता के पूरा लीग चरण समाप्त हो जाई आ ओकरा बाद के खेल नॉकआउट चरण के तहत खेलल जाई।
विद्यालय स्तर पर क्रिकेट खेल के विकास, प्रतिभाशाली विद्यार्थी खिलाड़ी लोग के पहचान आ ओह लोग के आपन प्रतिभा देखावे के अवसर देवे के उद्देश्य से आयोजित एह प्रतियोगिता से वीरगञ्ज में विद्यालय स्तर के क्रिकेट के उत्साह अउरी बढ़ल बा।

