वीरगञ्ज। वीरगञ्ज स्थित नवदीप एकेडेमी के कक्षा ८ में पढ़े वाली तीन गो छात्रा तिहार के खास मौका पर आयोजित रंगोली प्रतियोगिता में पहिला स्थान हासिल कइले बाड़ी।
प्रतियोगिता में विद्यालय के छात्रा फलक हवारी, आरुशी पटेल आ अनु पण्डित आपन शानदार रंगोली प्रस्तुत क के पहिला स्थान प्राप्त करे में सफल भइली।
आपन कलात्मक रचना, आकर्षक रंग के संयोजन, नया सोच आ बेहतरीन सामूहिक सहयोग के माध्यम से तीनों छात्रा आपन प्रतिभा देखवली। ओह लोग के रचनात्मक प्रस्तुति तिहार के उत्सव के अउरी खास बनावे के साथे विद्यालय के गौरव भी बढ़वले बा।
विद्यालय के प्रिन्सिपल सुशीला साह के विशेष उपस्थिति में सम्पन्न कार्यक्रम में विद्यार्थी लोग के कला, रचनात्मकता आ प्रतिभा के सराहना कइल गइल। विद्यालय के कहनाम बा कि एह उपलब्धि से विद्यार्थी लोग में कल्पनाशक्ति, सामूहिक भावना, मेहनत आ रचनात्मक क्षमता के महत्व झलकता।
विद्यार्थी लोग के एह सफलता पर विद्यालय परिवार खुशी जतावत फलक हवारी, आरुशी पटेल आ अनु पण्डित के हार्दिक बधाई देले बा। साथही, आगे के दिन में अउरी बेहतर सफलता हासिल करे के शुभकामना भी देले बा।
वीरगञ्ज महानगरपालिका–१५ स्थित नवदीप एकेडेमी ‘गुडनेस बिफोर ग्रेटनेस’ के मूल मान्यता के साथे विद्यार्थी लोग के शैक्षिक विकास के अलावा कला, संस्कृति आ अतिरिक्त गतिविधि में भी विशेष महत्व देत आइल बा।

