वीरगञ्ज। तिहार आ महान छठ पर्व के पावन अवसर पर मास्कट एकेडेमी +२ मैनेजमेन्ट कलेज द्वारा आयोजित अन्तरसदनीय देउसी–भइलो आ छठ प्रतियोगिता भव्य रूप से सम्पन्न भइल बा।
विद्यार्थियन में नेपाली मौलिक कला, संस्कृति, परम्परा आ तिहुआर के महत्व के जानकारी देवे आ ओह लोग के भीतर रहल प्रतिभा तथा रचनात्मक क्षमता के उजागर करे के उद्देश्य से ई कार्यक्रम आयोजित कइल गइल रहे।
कलेज के सञ्चालक विजय साह के अध्यक्षता आ वीरगञ्ज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष प्रदीपकुमार चौरसिया के प्रमुख आतिथ्य में कार्यक्रम सम्पन्न भइल।
कार्यक्रम में नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश के सदस्य अजय साह, कलेज के शिक्षक मनीष सर, मोहम्मद वेश लगायत सञ्चारकर्मियन के विशेष उपस्थिति रहल।
कार्यक्रम में विद्यार्थी लोग देउसी–भइलो आ छठ पर्व से जुड़ल विभिन्न सांस्कृतिक आ मनोरंजक प्रस्तुति दिहलें। विद्यार्थी लोग गीत, नाच, देउसी–भइलो आ छठ पर्व के सांस्कृतिक झलक प्रस्तुत करके मौजूद अतिथि आ दर्शक लोग के मनोरंजन कइलें।
प्रतियोगिता के दौरान अलग-अलग सदन के विद्यार्थी लोग उत्साह के साथ भाग लेके आपन कला, प्रतिभा आ रचनात्मकता के प्रदर्शन कइलें। अइसन कार्यक्रम से विद्यार्थी लोग में आपसी सहयोग, नेतृत्व क्षमता, आत्मविश्वास आ सांस्कृतिक चेतना के विकास में महत्वपूर्ण भूमिका निभावे के विश्वास जतावल गइल।
कार्यक्रम के अन्त में प्रतियोगिता में बेहतरीन प्रदर्शन करे वाला विद्यार्थी लोग के सम्मानित करत पुरस्कार वितरण कइल गइल।
मास्कट एकेडेमी पढ़ाई-लिखाई के साथे विद्यार्थी लोग के सर्वांगीण विकास, अतिरिक्त गतिविधि आ नेपाली मौलिक संस्कृति तथा परम्परा के संरक्षण आ प्रवर्द्धन के प्राथमिकता देत अइसन कार्यक्रम लगातार आयोजित करत आ रहल बा।

