वीरगञ्ज | तिहार २०८३ के शुभ अवसर पर नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल, वीरगञ्ज में इभेन्ट कमिटी के आयोजन में अन्तरविभागीय रंगोली प्रतियोगिता सम्पन्न भइल बा। कर्मचारी लोग के बीच आपसी सद्भाव, एकता, सांस्कृतिक आदान-प्रदान आ रचनात्मकता बढ़ावे के उद्देश्य से आयोजित प्रतियोगिता में नर्सिङ कलेज के टीम पहिला स्थान हासिल कइले बिया।
प्रतियोगिता में प्रशासन, आईबीएमएस, नर्सिङ कलेज, नर्सिङ स्टाफ आ डेन्टल समेत पाँच गो टीम भाग लेले रहे। सहभागी टीम सभ तिहार के सांस्कृतिक महत्व, परम्परा आ मौलिकता के रंगोली के माध्यम से रचनात्मक ढंग से प्रस्तुत कइले रहली।
प्रतियोगिता के नतीजा के अनुसार नर्सिङ कलेज के टीम पहिला, आईबीएमएस के टीम दूसरा आ नर्सिङ स्टाफ के टीम तीसरा स्थान हासिल कइले बिया। ओही तरह प्रशासन आ डेन्टल के टीम क्रमशः चौथा आ पाँचवाँ स्थान पर रहल।
कार्यक्रम में कलेज के अध्यक्ष प्रा. डा. जैनुद्दिन अन्सारी, अस्पताल निर्देशक डा. इशरत जहान आ प्राचार्य प्रा. डा. के.एन. सिंह के विशेष उपस्थिति रहल।
प्रतियोगिता के मूल्यांकन उपप्राचार्य डा. रविशंकर गुप्ता, प्रा. डा. बबिता सिंह, प्रा. डा. सरोज देउ, प्रा. गंगा गुरुङ आ प्रमुख वित्त अधिकारी मुकुन्द भुसाल के पाँच सदस्यीय निर्णायक मंडल कइले रहे।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत कलेज के अध्यक्ष प्रा. डा. जैनुद्दिन अन्सारी कहलें कि रंगोली नेपाली आ दक्षिण एशियाई पर्व-त्योहार के सांस्कृतिक पहचान, रचनात्मकता आ सुंदरता के महत्वपूर्ण अभिव्यक्ति ह।
उहाँ कहलें कि रंगोली प्रतियोगिता खाली कलात्मक मुकाबला ना ह, बलुक संस्थान में काम करे वाला अलग-अलग विभाग के कर्मचारी लोग के एके मंच पर जोड़े, आपसी सद्भाव बढ़ावे आ सामूहिक सहभागिता के भावना विकसित करे के महत्वपूर्ण माध्यम भी ह।
अइसन सांस्कृतिक कार्यक्रम से कर्मचारी लोग के बीच आत्मीयता, सहयोग, सकारात्मक संबंध आ संस्था के प्रति अपनापन बढ़े में मदद मिलेला। एह से आगे भी अइसन गतिविधि के निरन्तरता देवे के जरूरत बा। उहाँ सहभागी सभ टीम के रचनात्मकता, मेहनत आ उत्साह के सराहना करत विजेता आ सहभागी सभ टीम के बधाई आ शुभकामना दिहलें।
प्रतियोगिता में पहिला, दूसरा आ तीसरा स्थान हासिल करे वाली टीम के क्रमशः नगद पुरस्कार आ प्रमाणपत्र प्रदान कइल गइल। ओही तरह चौथा आ पाँचवाँ स्थान हासिल करे वाली टीम के सांत्वना पुरस्कार के रूप में नगद राशि आ प्रमाणपत्र दिहल गइल। सभ पुरस्कार आ प्रमाणपत्र कलेज के अध्यक्ष प्रा. डा. जैनुद्दिन अन्सारी वितरित कइलें।
कार्यक्रम के नेतृत्व इभेन्ट कमिटी के अध्यक्ष तथा प्रमुख सूचना अधिकारी (CIO) इन्जिनियर प्रदीप कुमार चौधरी कइले रहनी। कमिटी के सदस्य-सचिव में ऋचा सिंह आ सदस्य लोग में जितेश चन्द्र दास, विश्वनाथ कण्ठ, केशव भण्डारी, ब्रजकिशोर चौधरी आ सन्तोष पोखरेल शामिल रहनी।
आयोजक के अनुसार, प्रतियोगिता कर्मचारी लोग के आपन प्रतिभा देखावे के अवसर देवे के साथे संस्था के भीतर सांस्कृतिक एकता, आपसी सम्मान आ सहयोग के भावना के अउरी मजबूत बनवले बा।

