वीरगंज स्थित गुरुकुल एकेडेमी के 12वां वार्षिक उत्सव समारोह भव्य आ हर्षोल्लास के माहौल में संपन्न भइल बा । कार्यक्रम विद्यालय के अध्यक्ष ई. रामबाबू प्रसाद के अध्यक्षता में भइल, जबकि मुख्य अतिथि के रूप में इंजीनियर संजय खेतान मौजूद रहलें।
विशिष्ट अतिथि में प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष सरोज चौधरी, डॉ. हरिशंकर प्रसाद, संस्थापक अध्यक्ष इमामुद्दीन अहमद, मानव सेवा आश्रम के प्रमुख देवेश गुप्ता, सामाजिक अभियंता प्रकाश थारू आ पत्रकार ध्रुव साह तथा विरेन्द्र साह के उपस्थिति उल्लेखनीय रहल।
विद्यालय के प्रधानाध्यापक श्रीमती तेजिन्द्र कौर वार्षिक प्रतिवेदन पेश करत विद्यालय के शैक्षिक, खेलकूद आ अतिरिक्त गतिविधि में मिलल उपलब्धियन के जानकारी दिहलें। कार्यक्रम में सांस्कृतिक प्रस्तुति, नृत्य, गीत आ नन्हा कक्षा से लेके कक्षा 9 तक के विद्यार्थी लोग आपन प्रतिभा देखवलें।
एही मौका पर कक्षा 10 के 44 छात्र-छात्रा खातिर विदाई समारोह भी आयोजित कइल गइल। कार्यक्रम में निर्देशक प्रदीप कु साह, रेखा साह, वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य कन्सुल मनिष दास के पत्नी सुब्रता दास आ उनकर माता, साथ ही अभिभावक आ विद्यार्थी लोग के बढ़िया उपस्थिति रहल।
समारोह में मौजूद अतिथि लोग विद्यालय के प्रगति के सराहना करत आगे आउर बेहतर शैक्षिक उपलब्धि हासिल करे के शुभकामना दिहलें।

