खाद के कोटा तय ना भइला से पर्सा के वीरगंज में स्थित कृषि सामग्री कम्पनी के गोदाम में व्यवस्थापन में दिक्कत हो रहल बा।
मधेश प्रदेश कृषि मन्त्रालय हर जिला खातिर खाद के कोटा तय ना कइला के कारण गोदाम में भंडारण के समस्या उत्पन्न भइल बा।
कृषि सामग्री कम्पनी के वीरगंज प्रादेशिक कार्यालय मातहत सभी गोदाम भर गइल बा आ नया आवे वाला खाद के भंडारण खातिर समस्या बढ़ गइल बा।
कम्पनी के प्रादेशिक कार्यालय प्रमुख दुर्गा प्रसाद पाण्डे बतवलन कि खाद भंडारण खातिर अब नया गोदाम खोजल जा रहल बा। उहाँ के अनुसार अभी गोदाम में लगभग ३५ हजार टन युरिया, ८ हजार टन डिएपि आ ८ हजार टन पोटास सहित कुल करीब ४९ हजार टन खाद मौजूद बा।

