मेडिकल व्यवसायी दुर्गा प्रसाईं के थुनामुक्त करे खातिर अदालत आदेश जारी कइले बा।
सर्वोच्च अदालत के न्यायाधीश महेश शर्मा पौडेल के इजलास से उनकर रिहाई के आदेश दिहल गइल बा।
जिला प्रहरी परिसर, काठमांडू के हिरासत में रहल प्रसाईं बंदी प्रत्यक्षीकरण के रिट दायर कइले रहन। ओही रिट पर शुक के सुनवाई करत अदालत उनकfs] थुनामुक्त करे के आदेश दे दिहलस।
प्रहरी कुछ दिन पहिले प्रसाईं के भक्तपुर में उनका घर से गिरफ्तार कइले रहे। अब अदालत के आदेश के बाद उनकाs] रिहा करे के रास्ता साफ हो गइल बा।

