९ फागुन,रौतहट । रौतहट जिला के गौर नगरपालिका–६ स्थित सनगढा गाँव में दु समुदाय बीच भइल झड़प उग्र रूप ले लिहलस, जवना के बाद जिला प्रशासन कफ्र्यू आदेश जारी कर देले बा।
जिला प्रशासन कार्यालय के जानकारी अनुसार शनिचर दिन दुपहरिया १ बजे से कफ्र्यू लागू कइल गइल बा। मस्जिद में नमाज होखे के दौरान हिंदू समुदाय द्वारा बाजा बजावल गइल, एह बात पर विवाद शुरू भइल रहे। धीरे–धीरे हालात बिगड़त गइल आ झड़प हिंसक रूप ले लिहलस।
शुकके सबेरे से ही गौर क्षेत्र में तनाव के स्थिति बनल रहे। हालात असामान्य होत देख प्रशासन कफ्र्यू लागू करे के निर्णय लिहलस।
प्रमुख जिला अधिकारी दिनेश सागर भूसाल के अनुसार, पूर्व दिशा में मुडबलवा गेट, पश्चिम में लालबकैया बाँध, उत्तर में बम नहर आ दक्षिण में गौर भन्सार कार्यालय तक कफ्र्यू लागू कइल गइल बा।
स्थिति पर नियंत्रण करे खातिर पुलिस हवाइ फायर आ अश्रुगैस के गोला छोड़ रहल बा। गौर के वडा नंबर ४, ५ आ ६ में झड़प जारी रहे के खबर बा।
कफ्र्यू अवधि में केहू के घर से बाहर निकले, सभा–जुलूस करे, भीड़ जमा करे या आवाजाही करे पर पूरी तरह रोक लगा दिहल गइल बा।
झड़प के दौरान प्रदर्शनकारी कुछ वाहन में आगजनी कइले बाड़न, कुछ घर में तोड़फोड़ भइल बा आ कुछ लोग हल्का घायल भइल बाड़े, एह बात के पुष्टि पुलिस कइले बिया।
स्थिति के नियंत्रण में रखे खातिर प्रशासन द्वारा नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी बल आ नेपाली सेना के भी तैनात कइल गइल बा।

