वीरगंज । पर्सा पुलिस प्रतिबंधित लागुऔषध ट्रामाडोल के साथ दू गो आदमी के गिरफ्तार कइले बा।
जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के अनुसार काल्हु गिरफ्तार कइल गइल आ आज सार्वजनिक करत बतावल गइल कि वीरगंज महानगरपालिका–१४ गंडक चौक पर गाड़ी चेकिंग के दौरान ऊ लोग पकड़ाइल। प्रहरी चौकी गंडक से खटावल पुलिस टोली वीरगंज बसपार्क से काठमांडू जात ना.१ ज २७६५ नंबर के लाल रंग के टाटा सुमो गाड़ी रोके के जाँच कइलस, जवना में प्रतिबंधित दवाई मिलल।
पुलिस के मुताबिक गाड़ी के छत पर पियर त्रिपाल से तोपल झोरा आ बोरा के भीतर लुकाके राखल TRAMADOL HYDROCLORIDE CAPSULES IP 50MG लिखल ५२ हजार ३०० ट्याबलेट बरामद कइल गइल।
ए मामला में संलग्न रहल आरोप में बारा जिला के परवानीपुर गाउँपालिका–१ रहरिया डिह निवासी ४२ साल के राम अशिष राउत अहिर आ पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–२ सिसियाही निवासी ३० साल के सुवास सर्राफ के पुलिस नियंत्रण में ले लिहलस।
पुलिस बतवलस कि बरामद लागुऔषध के साथे दुन्नो के हिरासत में लेके लागुऔषध सम्बन्धी कसूर में पर्सा जिला अदालत से सात दिन के म्याद बढ़वाके आगे के अनुसन्धान जारी बा। ई जानकारी प्रहरी नायब उपरीक्षक सुदिप राज पाठक देले बाड़ेंन।

