महोत्तरी के रामगोपालपुर नगरपालिका–८ से नेपाल पुलिस १०९ किलो गाँजा समेत एगो भारतीय नम्बर प्लेट वाली कार के काबू में ले लिहलस।
जिला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के अनुसार, सहसौला चोक के लगे भारत के ओर ले जाइल जा रहल २० गो पोकामें लुकावल डिएल १ सीओ ५८६९ नम्बर वाली भारतीय कार काबू में लिहल गइल।
गोप्य सूचना के आधार पर, पिछला रात करीब ११ बजे पूर्व–पश्चिम लोकमार्ग से भारत ओर गाँजा ले जाइल जा रहल कार के लागु औषध ब्यूरो आ ईलाका प्रहरी कार्यालय रामगोपालपुर के टीम काबू में ले लिहलस।
कार चालक फरार बा, आ पुलिस बरामद कइल गाँजा आ कार के आवश्यक कानूनी कार्रवाई खातिर अगिला प्रक्रिया शुरू कइले बा, पुलिस उपरीक्षक शर्मा बतवलन।

