• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

रुपन्देही में प्रधानमंत्री के सुरक्षा निकायन के निर्देश, निष्पक्ष चुनाव पर जोर

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन ९ गते
A A
रुपन्देही में प्रधानमंत्री के सुरक्षा निकायन के निर्देश, निष्पक्ष चुनाव पर जोर

रुपन्देही। सुशीला कार्की प्रतिनिधि सभा के चुनाव निष्पक्ष आ शांतिपूर्ण ढंग से करावे खातिर लुम्बिनी प्रदेश के सुरक्षा निकायन के प्रमुख लोग के खास निर्देश दिहली बाड़ी।

आज बुटवल में आयोजित प्रदेश स्तर के सुरक्षा अधिकारी लोग के संयुक्त बैठक में प्रधानमंत्री कहलिन कि वर्तमान सरकार के मुख्य कार्यदिशा चुनाव बा, एह से सभे निकाय आपन ध्यान चुनाव के सफल संचालन पर केंद्रित करे।

प्रदेश के प्रमुख सचिव कृष्णप्रसाद काप्री जानकारी दिहलन कि प्रधानमंत्री सुरक्षा प्रमुख लोग से प्रदेश के मौजूदा सुरक्षा स्थिति के बारे में जानकारी लिहली आ आगे के सुरक्षा रणनीति पर जरूरी निर्देश दिहली। बैठक में सुरक्षा अधिकारी बतवले कि भारत से जुड़ल ५१४ किलोमीटर खुला सीमा क्षेत्र सुरक्षा खातिर बड़ा चुनौती बा, बाकिर ओकरा से निपटे खातिर रणनीति बनावल गइल बा।

तराई के छह जिला में खुला सीमा मुख्य चुनौती मानल गइल, जबकि पहाड़ी जिला में अलग-अलग किसिम के सुरक्षा चुनौती पर चर्चा भइल। बैठक में तीन तह के सुरक्षा रणनीति अपनावे के निर्णय भइल—अतिसंवेदनशील, संवेदनशील आ सामान्य क्षेत्र में वर्गीकरण करके चुनाव संपन्न करावल जाई।

तराई जिला के प्रमुख जिला अधिकारी लोग बतवले कि सीमा सुरक्षा खातिर भारतीय अधिकारी लोग से समन्वय कइल जाई। बैठक में प्रदेश के प्रमुख सचिव कृष्णप्रसाद काप्री, मध्यपश्चिम पृतनापति हिम्मतबहादुर विष्ट आ प्रदेश प्रहरी प्रमुख भूपेन्द्र बहादुर खत्री समेत कई सुरक्षा अधिकारी आपन-आपन क्षेत्र के रिपोर्ट पेश कइले।

प्रधानमंत्री सुशीला कार्की गण्डकी से शुक्राचार साँझ बुटवल पहुँचल रहली आ आज सबेरे सुरक्षा बैठक पूरा क के लुम्बिनी के दर्शन कइली, ओकरा बाद काठमांडू वापस लौट गइली।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............