• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

सिटिजन्स बैंक में 5 करोड़ के घोटाला: 5 कर्मचारी निलंबित, पुलिस में उजूरी

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २ गते
A A
सिटिजन्स बैंक में 5 करोड़ के घोटाला: 5 कर्मचारी निलंबित, पुलिस में उजूरी

काठमांडू। सिटिजन्स बैंक के विराटनगर स्थित कञ्चनबारी शाखा में करीब 5 करोड़ रुपया के बड़ा वित्तीय घोटाला सार्वजनिक भइल बा।
बैंक के आंतरिक लेखा परीक्षा (अडिट) से पता चलल कि आपन कर्मचारी लोग के मिलीभगत में 4 करोड़ 91 लाख रुपया के हिनामिना भइल बा। बैंक प्रशासन एह घटना में संलग्न रहे के आरोप में 5 कर्मचारी के तुरंत निलंबित कर के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मोरङ में जाहेरी दे दिहलस।
प्रहरी के प्रारंभिक जाँच आ बैंक स्रोत के अनुसार, शाखा में काम करे वाला कर्मचारी रोजी कँडेल के नेतृत्व में ई घोटाला भइल। कर्मचारी लोग बैंक के ग्राहक लोग के फिक्स डिपोजिट (मुद्दती निक्षेप) के रकम के धराैती देखा के नकली कर्जा फाइल बनावत रहे आ रकम निकालत रहे। एहसे वास्तविक निक्षेपकर्ता के जानकारी बिना, उनकर बचत पर नकली ऋण खड़ा कर के करोड़ों रुपया हिनामिना भइल।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय मोरङ के प्रमुख कविद कट्टुवाल पुष्टि कइले कि बैंक से उजुरी प्राप्त भइल बा आ घटना के गंभीरता से छानबिन हो रहल बा। प्रहरी बैंक से जरूरी कागजात मांग के हिनामिनामा संलग्न लोग के भूमिका आ रकम के अंतिम गंतव्य के सूक्ष्म जाँच शुरू कइले बा। बैंक प्रशासन कहले बा कि हिनामिना भइल रकम वापस करे आ दोषी के कड़ा कानूनी कार्रवाई करे खातिर कवनो कसर बाकी ना छोड़ल जाई।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............