जनमत पार्टी के अध्यक्ष सीके राउत संसदीय राजनीति से सन्यास लेवे के ऐलान कइले बानी।
सोमार के दिन सोशल मीडिया पर जानकारी देत राउत कहले बाड़न कि सक्रिय राजनीति से बिदा लेबे के बावजूद, ऊ संघर्ष के राजनीति निरंतर आगू बढ़ावत रहिहें। अध्यक्ष राउत साफ शब्द में बतवले बाड़न कि व्यक्तिगत इच्छा के उल्टा संसदीय चुनाव लड़े, आ अब आगे संसदीय चुनाव में ना उतरब। उनकर कहना बा, “हमार सिद्धांत आ एजेंडा हमेशा आगू बढ़ी। जनता के सेवा आ संघर्ष से हम कभी पीछे ना हटब।”
एह बार राउत सप्तरी–२ से प्रतिनिधि सभा के उम्मीदवार बनल रहले, लेकिन राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के रामजी यादव से हार गइलन। हालांकि संसदीय राजनीति से सन्यास लेले राउत कहले बाड़न कि जरूरत पड़ला पर पार्टी के नेतृत्व करत आगू बढ़ब।
उनकर पार्टी एह बार के चुनाव में समानुपातिक थ्रेसहोल्डो पूरा ना कर सकल। एही कारण से अपेक्षित नतीजा ना मिलला के बाद अध्यक्ष राउत संसदीय राजनीति से सन्यास लेले बाड़न।

