जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख आ प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) सुदीप राज पाठक के उत्कृष्ट काम खातिर पुरस्कृत कइल गइल बा।
फागुन २१ के भइल प्रतिनिधि सभा सदस्य चुनाव के शांतिपूर्ण आ डर-भय से मुक्त माहौल में सफलतापूर्वक करावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभवला खातिर प्रहरी प्रधान कार्यालय उनकर सम्मान कइलस।
पर्सा जिला के चारो निर्वाचन क्षेत्र में चुनाव के निष्पक्ष, सुरक्षित आ व्यवस्थित तरीका से सम्पन्न करावे में योगदान के मूल्यांकन करत एसपी पाठक के पुरस्कृत कइल गइल बा।
प्रहरी महानिरीक्षक (आइजिपी) दानबहादुर कार्की एआइजिपी से लेके प्रहरी जवान तक कुल ६९ गो प्रहरी कर्मचारी के नगद पुरस्कार देवे के निर्णय कइले बाड़न। ओही निर्णय के तहत एसपी पाठक के भी सम्मानित कइल गइल बा।
प्रहरी प्रधान कार्यालय बतवले बा कि चुनाव के दौरान उत्कृष्ट काम करे वाला प्रहरी कर्मचारी सभ के प्रोत्साहन खातिर पुरस्कृत करे के परम्परा अनुसार ए बेर भी अलग-अलग स्तर के प्रहरी कर्मचारी सभ के सम्मानित कइल गइल बा।

