नेपाली कांग्रेस के सभापति गगन थापा राजीनामा दे दिहले बाड़न। फागुन २१ के भइल प्रतिनिधि सभा चुनाव में पराजित भइला के बाद बुधके थापा उपसभापति विश्वप्रकाश शर्मा के राजीनामा बुझवले बाड़न।
पहिले थापा काठमाडौं-४ से निर्वाचित भइले रहले, लेकिन एह बेर सर्लाही-४ से उम्मेदवार रहलें आ रास्वपा के डा. अमरेशकुमार सिंह से पराजित भइले।
रास्वपाले करीब दुई तिहाई सिट पावत दूसरा स्थान पावल कांग्रेस के प्रत्यक्ष १८ आ समानुपातिक २० सिट, कुल ३८ सिट मिलल।
चुनावी नतीजा के बाद थापा के राजीनामा देवे के तयारी पर पार्टी के कई नेता लोग सुझाव आ दबाव देत रहलें कि राजीनामा मत दीहल जाव।
थापा पहिले के विशेष महाधिवेशन में सर्वसम्मत सभापति चुनल गइल रहले। उनकर राजीनामा पर पार्टी के आगामी बैठक में निर्णय लिहल जाई। केन्द्रीय कार्यसमिति के बैठक शुकके बोलावल गइल बा।

