वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. १४ में स्थित रोयल एकेडेमी स्कूल में शनिचर के दिन “रोयल स्वास्थ्य समर्पण” कार्यक्रम के तहत मुफ्त स्वास्थ्य शिविर आयोजित कइल गइल।
ई शिविर में छात्र-छात्रन के आँख, कान, नाक आ गला (ENT) से जुड़ल स्वास्थ्य जांच कइल गइल। डॉक्टर टीम में बाल रोग विशेषज्ञ डा. अशोक दास, डा. महेश धामी आ डा. सेस्मा रिजाल शामिल रहलें, जे विद्यार्थी लोग के जांच कइले।
जांच के दौरान विद्यार्थी लोग के जरूरी स्वास्थ्य सलाह भी दिहल गइल आ जरूरत अनुसार दवाई के सिफारिश कइल गइल। एह शिविर से 600 से अधिक विद्यार्थी लाभान्वित भइले, जबकि अभिभावक लोग के भी अच्छा सहभागिता रहल।
कार्यक्रम स्कूल के डायरेक्टर सबनम श्रेष्ठ के अध्यक्षता में संपन्न भइल। एह मौका पर संचालक ओम श्रेष्ठ, प्रिन्सिपल विजया ओझैया, शिक्षक-शिक्षिका आ अभिभावक लोग उपस्थित रहलें। कार्यक्रम के संचालन वाइस प्रिन्सिपल सुमन श्रेष्ठ के नेतृत्व में कइल गइल।
प्रिन्सिपल विजया ओझैया कहलिन कि विद्यार्थी के समग्र विकास खातिर शिक्षा के साथ-साथ स्वास्थ्य भी बहुत जरूरी बा। ऊ कहली कि अइसन मुफ्त स्वास्थ्य शिविर से बच्चा लोग में स्वास्थ्य के प्रति जागरूकता बढ़ेला आ समय पर बीमारी के पहचान हो सकेला। साथ ही, स्कूल आगे भी अइसन सामाजिक आ स्वास्थ्य से जुड़ल कार्यक्रम जारी रखे के प्रतिबद्धता जतवले बा।

