नेपाली बाजार में आज सोमार के दिन सोना के दाम में गिरावट देखल गइल बा। आज सोना के दाम प्रति तोला ६ हजार ५ सौ रुपइया घट के २ लाख ७५ हजार ५ सौ रुपइया हो गइल बा, ई जानकारी नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ दिहलस।
एहसे पहिले एतवार के दिन सोना के दाम १२ हजार ५ सौ रुपइया से घटल रहे, आ ओ दिन सोना २ लाख ८२ हजार रुपइया प्रति तोला पर कारोबार भइल रहे।
ओही तरह आज चाँदी के दामो घटल बा। चाँदी प्रति तोला १ सय १५ रुपइया घट के ४ हजार ४ सय २५ रुपइया हो गइल बा। एतवार के दिन चाँदी ४ हजार ५ सय ४० रुपइया प्रति तोला पर बिकाइल बा ।

