• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

पोखरिया प्रादेशिक अस्पताल में सेवा जर्जर

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र १० गते
A A
पोखरिया प्रादेशिक अस्पताल में सेवा जर्जर

पोखरिया नगरपालिकामे रहल प्रादेशिक अस्पताल के सेवा हालत दिन–प्रतिदिन बिगड़त जात बा। कुछ समय पहिले जहवाँ रोज करीब २५० मरीज इलाज करावत रहले, ओही अस्पताल में अब सेवा कटौती के चलते मरीजन के संख्या घट के करीब १०० रह गइल बा।
अस्पताल के एक्स–रे सेवा पिछला दुई महीना से पूरी तरह बंद बा। ठेकेदार कंपनी के भुगतान ना मिलल के कारण ऊ लोग मशीन के जरूरी पार्ट्स हटा ले गइल बा, जेकरे चलते सेवा चालू ना हो पावत बा। कंपनी के मुताबिक करीब साढ़े चार लाख रुपया बकाया बा। नगरपालिकाके तरफ से भुगतान के तैयारी त भइल बा, लेकिन समय पर पैसा ना पहुँचला से समस्या अउरी बढ़ गइल बा।
अस्पताल में दवाई के भारी कमी देखे के मिल रहल बा। डॉक्टर लोग बीमा के तहत जे दवाई लिखत बा, ऊ भी मरीजन के मिलना बंद हो गइल बा। जीवनजल, सिटामोल अइसन बेसिक दवाई, आ पट्टी–कपास जइसन जरूरी सामान तक उपलब्ध नइखे। मुफ्त में मिलेला ९८ तरह के दवाई में से अब बहुत कमे बचल बा।
एहिसे अलग, इसिजी सेवा भी बंद बा, आ प्रयोगशाला में थाइराइड टेस्ट तक रुक गइल बा। एह हालात में मरीजन के मजबूरी में निजी अस्पताल जाए के पड़ रहल बा, जेकरे से उनकर खर्चा बढ़ रहल बा।
जिला अस्पताल से प्रादेशिक अस्पताल में स्तर बढ़ावल गइल रहे, लेकिन सेवा में गिरावट से कर्मचारी आ मरीज दुनो असंतुष्ट बाड़ें। अगर अस्पताल प्रबंधन आ पोखरिया नगरपालिका जल्दी से भुगतान प्रक्रिया पूरा करके जरूरी उपकरण आ दवाई के व्यवस्था ना करिहें, त स्वास्थ्य सेवा अउरी खराब हो सकेला।
स्थानीय लोग अस्पताल के सेवा सुधार खातिर तुरंत कदम उठावे के मांग करत बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............